जय छठ माई के

0
308
Spread the love

छठ गीत:

गोदिया में ले के ललन जी,
चलल बाड़े बलम जी।
पनघटवा हो ना।।
कपरा पर बाटे परसदिया,
होठवा पर बाटे मुस्कान बलम जी।
चलल बाड़े पनघटवा हो ना।
हम पनिया में पइठलीं,
पंडित जी लगिए बईठलीं।
सुपवा दुधवा गिरावेले ललन जी हो ना।
होठवा बा सुखाईल,
पेटवा बा भूखाईल,
फिर भी चेहरवा पर चमक बाटे आईल।
बबुआ क खातिर छठी मईया क रखनी बरतवा,
सूरज नीयर तेज होखस हमार हो बचवा।
बुढवती हमनी के सम्मरीह ललन जी,
तोहरे खातीर दिन भर हमार साथ दे तड़े बलम जी।
गोदिया में ले के ललन जी,
चलल बाड़े बलम जी,
पनघटवा हो ना।।

  • उपेंद्र नाथ राय

LEAVE A REPLY

Please enter your comment!
Please enter your name here